गोदावरी नदी माहिती

Godavari Nadi माहिती

Pradeep Chawla on 13-10-2018

गोदावरी नदी दक्खिन भारत में बहे वाली एगो महत्वपूर्ण नदी ह। ई से निकल के में गिरेले। गोदावरी नदी भारत के दूसरी सभसे लमहर नदी हवे, गंगा नदी के बाद। एकरा निकसे के सोता महाराष्ट्र के त्रयंबकेश्वर में बा। इहाँ से निकसे के बाद ई 1,465 किलोमीटर (910 मील) के दूरी तय करे ले जेकरे दौरान ई महाराष्ट्र (48.6%), (18.8%), (4.5%), (10.9%), (10.0%), (5.7%), (1.4%) आ ( ) से हो के गुजरे ले आ अंत में में अपने सहायिका सभ के बिसाल नेटवर्क से एकट्ठा कइल पानी गिरावे ले। एक थाला (बेसिन) लगभग 312,812 किमी2 (120,777 वर्ग मील) एरिया पर बिस्तार लिहले बा आ एह तरीका से ई भारतीय उपमहादीप के सभसे बिसाल नदी थाला सभ में से एक हवे; खाली गंगा आ सिंधु नदी के थाला एकरा ले बड़हन बाने। लंबाई, थाला के साइज आ कुल पानी के बहाव, सभ मामिला में ई प्रायदीपी भारत के सभसे बड़ नदी ठहरे ले; मुला एही कारन एकरा के दक्खिन गंगा के उपाधि दिहल गइल होखी।


हिंदू ग्रंथ सभ एह नदी के बरनन सदियन से मिले ला आ एकरे थाला में बहुत समृद्ध संस्कृति के बिकास भइल बा। पछिला कुछ दशक में, नदी के धारा रोक के कई गो बंधा बनावल गइल बाड़ें जिनहन से एकर बहाव रुकल बा। एह नदी के डेल्टा वाला इलाका में जनघनत्व 729 ब्यक्ति/किमी2 – देस के औसत के लगभग दुन्ना बाटे, आ ई डेल्टाई इलाका ख़तरा में भी बतावल जा रहल बा अगर समुंद्र तल में चढ़ाव होखे।





Comments

आप यहाँ पर गोदावरी gk, नदी question answers, general knowledge, गोदावरी सामान्य ज्ञान, नदी questions in hindi, notes in hindi, pdf in hindi आदि विषय पर अपने जवाब दे सकते हैं।

Labels: , , , , ,
अपना सवाल पूछेंं या जवाब दें।




Register to Comment